आज भोजपुरी फ़िल्म "धियापुता रिलीज" होइ

Update: 2017-10-22 02:45 GMT
हम- का हो लोचन, आज "धिया पूता" देखबऽ नू?

लोचन- धिया पूता....? ई का ह?

हम- बे मरदे तहरा गांजा पिये से फुरसत मिली तब नू, सगरे हल्ला बा आ तुहीं अबहीं ले कान में ठेपी डाल के बइठल बाड़ऽ। 
धियापूता छठ पूजा पर बनल एगो लघु फ़िल्म ह जवना के डायरेक्टर अमित झा जी बारन आ सीमा बिस्वास जी के त चिन्हते होखबऽ जवन बैंडिट क्वीन में रहली, उ एमे मुख्य भूमिका में बाड़ी आ सत्यकाम आनंद जवन एगो फिलिमिया तहरा के देखइले रहीं ओमे विधायक जेपी सिंह रलें उहो एमे बारें। राजू उपाध्याय , मोना राय , विजया सोनी , प्रकाश पंडित जइसन जानल मानल कलाकार लोग बा एह फिलिम में। आज 11 बजे रिलीज होई।

लोचन- अच्छा... ई त बड़ा नीमन फिलिम बुझाता। कवना हॉल में लागी आ केतना के टिकट होई?

हम- बे मरदे ई लघु फिलिम ह कवनो हॉल में ना लागी घरहीं मोबाइल पर देख लीहऽ। पिंटुआ बा नू तहार नतिया, ओकरा के कहीहऽ कि पुरुआ के यूट्यूब चैनल चला के धियापूता फिलिम देखा दे। आ ओही फिलिम के छठ वाला गीतवा सुनलऽ ह कि ना?

लोचन- ना हो कइसन गीत बा?

हम- जा ए लोचन.. 15 हजार लोग देख सुन लीहल आ तू अभी बकिये बाड़ऽ। मेघा डेल्टन जी के गावल गीत करेजा काढ़ लेता। ल हई सुन ल


http://lnk.pics/v-2112328

Similar News

गुलाब!